Bindash News || हमार बधाई स्वीकारुं ये पहुना....
    

    
    

    
    

    
    
    






       
        
        
 


    

State

हमार बधाई स्वीकारुं ये पहुना....

Bindash News / 24-06-2021 / 1921


मंत्री जी दिहले सांसद के बधाई


गढ़वा से आशुतोष

आम ज़िंदगी में रउआ के केहू से केतनो बैर होखे,लेकिन जब उ कौनो काम बढ़िया करी त सामने जा के त नाहीं लेकिन रउआ केहू से ई बतवा जरूर कहब की उ ख़राब केतनो बा,काम सरवा बढ़िया कईले हा,लेकिन एगो राजनीतिये बा जहवां केहू के बेस काम के भी अनइस कहल जाला,सब नेता लोग भले एक दूसर के काम के निक कम ख़राब जादे कहेले,लेकिन आपन झारखंड में एगो नेता अईसन भी बाड़े जे विपक्ष के नेता के कईल काम के सराहे के साथे साथे बधाइयो देत बाड़े,हम एहिजा बात गढ़वा विधायक आउ मंत्री मिथिलेश ठाकुर के करत बानी,जे पलामू के भाजपा सांसद बीडी राम के बधाई देले बाड़े,अब रउआ पुछम की काहेला,त आयीं हम बतावन बानी।

अब ना होइ केहू के ज़िंदगी सरेंडर:- रउआ जे निकलवयिनी ह पुल के टेंडर,जानत बानी अब ना होइ केहू के ज़िंदगी सरेंडर",हम ठीके कहत बानी,जवन सपना देखत देखत दुनो राज्य के केतना लोग परलोक चल गईले,पुल बिना नदी में दह बह गईले,उ सब के इहे सपना रहे कि सोन नदी में पुल बन जाइत,बढ़ बढ़ लोग सांसद बनले,लेकिन टेंडर तक काम पहुंचावे के बात के करो,लोग एकरा ख़ातिर सोचलस भी ना,लेकिन पहुना रउआ त एकदमे मने कमाल कर देनी,एकरा कहल जाला ससुरारी पर मन भर ध्यान,खाली हमार घर नाहीं ससुरारी भी बढ़िया देखाव,हमार सार,सरहज़ आउ साली लोग के जवन परेशानी होत बा उ दूर हो जाओ,ओकरा ख़ातिर रउआ त एकदमे लाग भींड़ के काम करा देनी,अब कुछे रोज़ में टेंडर पूरा हो जाई आउ फेरु काम लागी,समझत बानी उ रोज़ कईसन लागी,अरे सभे कोई के आंखी से झर झर लोर झरी,लेकिन ग़म के नाहीं ख़ुशी के,आउ एगो बात कहीं,लोग दुनो अंखिया से पुल में काम लागल नाहीं देखी,एगो से काम के आउ एगो से पहुना के मने रउआ के देखी,काहे की एतना बढ़ काम करावे वाला पहुना के शुभ रोज़ दुनो आंख से कोई नाहीं देखेला चाही न,काहे की अभी ढेरे काम रउआ से करावे के बा,अईसन में दुनो आंख से देखे में नज़र लाग जाई तब।

 

हमार बधाई स्वीकारुं ये पहुना:- नाहीं लागो रउआ के केहू के नज़र,हरदमे रउआ निक रहुना,करा देली रउआ एतना बढ़का काम,हमार बधाई स्वीकारुं ये पहुना",ई लाइन के साथ पलामू सांसद बिडी राम के बधाई देत मंत्री मिथिलेश ठाकुर कहले की ई जानकारी दिल के बहुते राहत देवे वाला बा कि आपन जिला गढ़वा के गांव श्रीनगर आउ बिहार के पंडुका के सिधान में पुल बने के टेंडर अख़बार में निकल गईल ह,अब कुछे रोज़ में टेंडर के काम पूरा होके पुल बने में काम लाग जाई,मंत्री के कहना बा कि झारखंड सरकार आउ गढ़वा जिला प्रशासन ई काम में पूरा सहयोग करी,कोई बढ़ काम शुरू होखे में परेशानी आवेला,लेकिन उ सब परेशानी आउ बाधा के दूर करेला हम आउ हमर पार्टी के सब सिपाही लोग हर समय खड़ा राहब,पुल बनावे वाला कंपनी बढ़िया से काम करो एकरा ख़ातिर हमनी के एक अच्छा माहौल बनाइब,मंत्री कहले की ई काम के हमार दिल के गहराई से समर्थन बा,मंत्री कहले की "सबके साथे साथ हमार एक बेरी फ़िर से बधाई स्वीकारुं ये पहुना।"

Total view 1921

RELATED NEWS