ना जाने केकर बाड़ी मेहरारू,जे बेचेली दारू
गढ़वा से आशुतोष
चोर पकड़ा ले,अपराधी आउ नशेबाज धरा ले,साथे साथ कबो कबो कोई बढ़िया काम करे के कारने नेता जी भी धरा जाले,लेकिन कोई नेताईन के पकड़ाए के ख़बर बड़ा मुश्किल से सुनाला,अब बहुते दूर के नाहीं हम बात एहिजा गढ़वा के करत बानी जहवां एगो नेताईन धराइल बाड़ी,अब उ कवन पवितर काम कईली ह,जेकरा कारने पुलिस उनका के धर लिहलस,आयीं ई ख़बरवा के पढ़ के जान लिहिं।
बिहार के नेताईन,गढ़वा में धरा गईली:- हम इहां ख़बर पर जाए से पहीले ई साफ़ कर देवत बानी की उ नेताईन के जे चर्चा हम करत बानी नू,उ ना त कौनो नेता के लुगाई बाड़ी आउ ना त कौनो राजनीतिक पार्टी के महिला नेत्री बाड़ी,कहे के मतलब की उनकर नामे नेताईन ह,जेकरा के आजु झारखंड के गढ़वा पुलिस गिरफ़्तार कईलस ह,अब उ कौनो बढ़िया काम के कारने त ना धराइल होइहें,अरे भाई उ दारू के साथे पकड़ाईल बाड़ी,गिरफ़्तारी के बाद एसडीपीओ अवध यादव बतईले की एगो सूचना मिललस की एक औरत कुछ ज़्यादा मोटरी के साथे बस स्टैंड में बईठल ह,ओह मोटरी में दारू हो सकेला,सूचना मिलला के बाद एसपी अंजनी कुमार झा से निर्देश ले के एगो पुलिस टीम स्टैंड पहुंच के देखलस त सांचों में मोटरी साथे औरत बइठल देखाईल,फ़िर जब शक के आधार पर मोटरी के खोल के देखल गईल त ओह में एगो दुगो आउ दस गो नाहीं,कुल्ही देशी दारू के 750 बोतल मिलल,उ दारू के जब कागज़ मांगल गईल त उनका पास कोई कागज़ ना मिलल,उ आपन नाम प्रमिला देवी उर्फ नेताईन बतवलस आउ घर बिहार के डेहरी,जांच में अवैध दारू मिले से उ महिला नेताईन के गिरफ़्तार कर लेवल गईल।
जे ले जा के झारखंड से,बिहार में बेचेली दारू:- बिहार में दारू बंद ह ई सब कोई जानत बा,साथे साथे सब कोई के इहो जानकारी बा पलामू गढ़वा के साथे बिहार के भी बहुते लोग बिहार में दारू एहिजा से ले जा के बेचे में बेचैन बाड़े,लेकिन आज ई नेताईन के धरईला के बाद त मन में ई सवाल उठते बा कि न जाने ई बाड़ी केकर मेहरारू,जे ले जा के झारखंड से,बिहार में बेचत बाड़ी दारू,का घर में अईसन केहू मरद नईखे जे ई काम के कर सके,का एकदम से हिजड़ा के खानदान ह जे आपन घर के मेहरारू के दारू ख़रीदे आउ बेचे में लगा देले ह.?
पुलिस टीम में ई रहले शामिल:- नेताईन के गिरफ़्तार करे वाला पुलिस टीम में शहर थाना के प्रभारी कृष्णा कुमार के साथे साथ संजय कुमार,कृष्ण कुमार कुशवाहा,रोशन कुमार पॉल,पास्कल एक्का,अभिमन्यु सिंह,दिनेश पासवान,उपेंद्र कुमार,योगेंद्र दुबे आउ प्रतिमा एक्का के नाम शामिल ह।
Total view 1792
RELATED NEWS