Bindash News || ख़्वाब सब सपना होई जइहें, मुख्यमंत्री अब नाहीं अइहें..
    

    
    

    
    

    
    
    






       
        
        
 


    

Economy

ख़्वाब सब सपना होई जइहें, मुख्यमंत्री अब नाहीं अइहें..

Bindash News / 18-10-2019 / 1335


अब मुख्यमंत्री के भी कोई मना कर सकेला का..?


हम आशुतोष रंजन
गढ़वा से

रउआ सभे ई जानत बानी की आपन राज्य झारखंड के मुख्यमंत्री रघुवर दास जन आशीर्वाद यात्रा ले के पूरे राज्य में घूमे निकलल बाड़े,संथाल घुमले,कोल्हान घुमत बाड़े आउ अब पलामू के यात्रा पर आवे के रहे लेकिन अब अचानक का भइल आयीं बतावत बानी।

मुख्यमंत्री अब नाहीं अइहें:- ख़्वाब अब सपना बन जइहें,काहे की मुख्यमंत्री अब नाहीं अइहें", जी हम ठीके कहत बानी,रउआ हम बतायीं की आवे वाला बीस तारीख़ के मुख्यमंत्री रघुवर दास के आपन जिला गढ़वा के बंशीधर अनुमंडल में आवे के रहे जहां उनकरा के जनसभा के संबोधित करे के रहे,एने पार्टी के सब नेता लोगन सभवा के तईयारी में लागल रहले,लोग बहुते बढ़ बढ़ ख़्वाब देखले रहले,लेकिन उनका लोगन के सब ख़्वाब त दिन में देखे जाए वाला उ सपना हो गइल जवन कबहुं पूरा ना होखेला,काहे की अचनके में खबर मिलल की अब मुख्यमंत्री गढ़वा नाहीं अइहें,इहे जनकरिया मिलला के बादे हम कहनी की ख़्वाब सब सपना बन जइहें,मुख्यमंत्री अब नाहीं अइहें।

मुख्यमंत्री के कोई मना कर सकेला का:- अइसनो हो सकेला का,मुख्यमंत्री के कोई मना कर सकेला का.?,ई हम ठीके पूछत बानी,काहे की जवन समय से उनका नाहीं आवे के जनकरिया भइल बा उहे समय से बहुते चर्चा होत बा,कुछ लोग कहत बाड़े की पार्टी भाजपा के एगो नेता मुख्यमंत्री के प्रोग्राम ले ले रहलन हा आउ साथे साथे बहुते जोर शोर से तैयरियो करत रहले हा,लेकिन एगो नेता आउ बाड़े जेकरा बारे में आपन सूत्र लोग बतावत बाड़े की उ शुरुआते से लागल रहले की कइसहूं मुख्यमंत्री मत आवे पारें,आउ भइल भी उहे की मुख्यमंत्री नाहीं अइहें,लेकिन एहिजा हम एक बात जरूर कहम की केहू के चाहे आउ मना करे से मुख्यमंत्री प्रोग्राम कैंसिल कर देले ई हम चाहे केहू नाहीं मानीं काहे की आपन मुख्यमंत्री के बहुते संवेदनशील और दूरी तक सोचे वाला बतावल जाला,बात सब बड़ूए लेकिन सौ बात के एक बात बा कि आखिर हउ कवन करनवा कईले मनवा में घर की नाहीं अइहें रघुवर।

Total view 1335

RELATED NEWS