Bindash News || जियते निकल गइल "जनाज़ा,देखी के डूबल "पांजा"
    

    
    

    
    

    
    
    






       
        
        
 


    

Economy

जियते निकल गइल "जनाज़ा,देखी के डूबल "पांजा"

Bindash News / 16-12-2019 / 1134


कइसे बची बचवन के जान,दईबा लूट लिहलस धान


आशुतोष रंजन
गढ़वा
 
बरसे बरस असरा देखला के बाद त ई साल खेतवा में धान लगवले रहनी हा,लेकिन का मालूम रहे कि आगे से आहार दे के दईबवा पाछे से ओकरा छीन लिहि,ई दरद गढ़वा के उ किसान लोगन के बा जेकर बढ़िया उपजल धान खेते में डूबल बा,लोग आउ का कहत बा आयीं हम हई रिपोर्ट से बतावत बानी।
 
जइसहीं देखनी खेतवा में डूबल पांजा:- जियते जिनगी में निकल गइल जनाज़ा,जइसहीं देखनी खेतवा में डूबल पांजा",जी कहे के माने की आज दु दिन से बरसत बदरा साल भर से धरल आस पर सांची के पानी फ़ेर दिहलस,केतना बरिस के बाद त ऐह साली सुखल खेत धान से हरिआईल रहल,बढ़िया उपजल भी,लेकिन उ पैदा हउ राती के सपनवा लेखा हो गइल जे कबहुं पूरा ना होखेला,मारे दुख के बेज़ार किसान लोग कहत बाड़े की अभी त धान काट के खेत में बढ़िया से सुखेला छोड़ले रहनी हां,लेकिन का मालूम रहे कि बढ़िया पैदा होये के खुशी आपन ना होइ,आउ ठीके उहे भइल,बे मौसम के बरसल बदरा सबे धान के पांजा के डूबा देलस,आजु देख के इहे लागता की उ धान के पांजा नाहीं हम किसानन के मन के अरमान डूब गइल।
 
उ हमार हो के भी हमार ना भइल:- असरा धईला बहुते बेकार भइल,उ हमार हो के भी हमार ना भइल",हम बतिया हियां हउ जिला के करत बानी जहवां खेत में पैदा कम उ बजंर जादे नज़र आवेला,रउआ लोग ना समझनी त हम बतायीं की उ जिला झारखंड के गढ़वा बा,जहवां कई साली के बाद त इ साल धान के खेती बढ़िया भइल रहल हा,धान से धन बनावे के आस देखे वाला किसान के सपना उ वखत चूर हो गइल जब दु रोज़ के बरसात उनके धान के काटल पांजा के खेतवे में डूबा देलस,कबहुं टाइम पर पानी ना मिले से पैदावार मारे जाए वाला गढ़वा जिला में आज उहे पानी सांची के मार दिहलस,काल्हि तक इहे धान के सहारे केतना सपना देखले किसान आजु एकदमे से चुप हो गइल बाड़े,काहे की रोज़ी रोजगार से दूर उनका लोग ख़ातिर हई खेतीये सब सहारा होला,जे आजु उनका लोग के हाथ से सुगा उड़े लेखा उड़ गइल,अब सबका आंख सरकार आउ सरकारी ओरी ताकत बा,काहे की भगवान त हमार हो के भी हमार ना भइले,अब सरकार आउ सरकारी बाबू ई दरद के बुझ के हमार होले की भूखे मरेला छोड़ देवेले..?
 

Total view 1134

RELATED NEWS