Bindash News || सोच भइल निगेटिव,फ़रार होइल कैदी पॉजिटिव
    

    
    

    
    

    
    
    






       
        
        
 


    

State

सोच भइल निगेटिव,फ़रार होइल कैदी पॉजिटिव

Bindash News / 11-08-2020 / 835


कोविड वार्ड से कैदी भाग गइल


हम आशुतोष
गढ़वा से

अभी तक त हम रउआ सभे कोई कहानी में सुनले आउ टीवी में देखले बा कि जब किशन भगवान के जनम भइल रहल हा त अईसन चमत्कार भइल रहे कि जेहल के सब पहरेदार सुत गइल रहले आउ फाटको खुल गइल रहे,लेकिन ई त बारह बजे राती के होइल रहे,आउ उ द्वापर रहे,साथ ही साथे जानते बानी की भगवान के जनम काहे के भइल रहे,लेकिन ई कलयुगो में पहरेदार सुत जाले आउ फाटको खुल जाला,अईसन त ना सुनले रहनी आउ नाहीं देखले रहनी,आउ जगहा भले होइल होखे,हम बतिया लेकिन गढ़वा के करत बानी,जहवां ई कलयुग में केहू के जनम ख़ातिर नाहीं,कोई के कैद से भागे ख़ातिर पहरेदार भी सुत गईले आउ फाटक त खुलिये गईले,तबे त कैद से एक कैदी भाग गईले,हम एहिजा रउआ सभे के बतायीं की आजु गढ़वा जिला अस्पताल में बनावल गइल कोविड वार्ड मने की जहवां कोरोना के मरीज रखल जाले,ओहिजे से एगो उ कैदी फ़िरार हो गइल जे पकड़ाए के बाद कोरोना के मरीज हो गइल रहे,अब ओकरा भाग के जाए के बाद प्रशासन खोजे ख़ातिर हांथ पैर मारे के शुरू कर देले बा,देखी भादो के भागल कैदी कहिया तक हाथ आवेला।

Total view 835

RELATED NEWS