Bindash News || मुखिया जी पकड़ा गईले
    

    
    

    
    

    
    
    






       
        
        
 


    

Economy

मुखिया जी पकड़ा गईले

Bindash News / 27-11-2020 / 1079


घुस लेवत रहले


हम आशुतोष गढ़वा से

चुनाव के बेरा आ गइल त एकर मने ई बा कि एकदम से अकबका जाई,आउ लुका के करे वाला काम के देखार में करे लागी,लेकिन मुखिया जी त नाहीं मनले,आउ पइसा लेवे लगले,उहो एकदम से देखार में,अब नतीज़ा भइल की पकड़ा गईले,हम बात इहवां गढ़वा जिला के कोरवाडीह पंचायत मुखिया शफीक अंसारी के करत बानी,जेकरा आज घूसखोर के पकड़े वाला विभाग एसीबी पकड़ लिहले,बस चारे हजार के त बात बा,एतने लेवत मुखिया जी धरा गईले,अब देखे वाला ई बात बा कि एतनो पर आउ लोग अपना के रोक लेवेले की....?


Total view 1079

RELATED NEWS