Bindash News || गढ़वा,जहवां जाड़ा में धरा गईले जोड़ा
    

    
    

    
    

    
    
    






       
        
        
 


    

State

गढ़वा,जहवां जाड़ा में धरा गईले जोड़ा

Bindash News / 21-12-2020 / 1130


पुलिस मरलस होटल में रेड


आशुतोष रंजन
गढ़वा

सांचो में अईसन तपलस ई मौसम निगोड़ा की देहियां में गरमी लगावे के फेरा में जाड़ा में धरा गईले जोड़ा",जी ठीके पढ़नी रावा सभे,आजु अइसने भईल हा,हम एहिजा बतायीं की नक्सलाईट,अपराधी आउ नशाबाजी के ख़िलाफ़ बढ़का बढ़का अभियान चलावे आउ लगातारे सफ़ल होत पुलिस कप्तान श्रीकांत सुरेश राव के ख़बर मिललस की शहर के होटल में अनैतिक काम होवत बा,उ सूचना के आधार पर तुरंते शहर थाना के प्रभारी राजीव कुमार सिंह के नेतृत्व में एगो टीम गठित कईल गईल,आउ उ टीम एसपी से मिलल सूचना के आधार पर छापामारी कईलस,जहां दु गो जोड़ा होटल के रूम में धरा गईले,ओहिजा होटल में जांच पड़ताल उ लोगन से भईबे कईल,अब पुलिस थाना ला के भी उनका से पूछताछ करत बा।

 

लोग ई रिश्ता के भी बदनाम करत बा:-   नवही लोग के गोड़ त ग़लत रहिया पर चलिये दिहल बा,लेकिन सुन के अचरज़ त तब हो जाला की उ लोग पाक नाता रिश्ता के भी बदनाम कर देवत बा,हम बतायीं की आजु जे होटल में छापामारी भईल हा,आउ ओहिजा जे दु गो जोड़ा धराइल,ओह में एगो जोड़ा त आपन रिश्ता जीजा साली के बतवलस,लेकिन जब एगो नवही लईकी आउ साथे के लईका से पुलिस आपसी नाता पुछलस त,दुनो अपना के भाई बहिन बता दिहलन,अब एहिजा सोचे के बात बा कि एक त लोग अपना अपना घरे से निकल आउ होटल में पहुंच ग़लत आउ अनैतिक काम करत बा,साथे साथ समाज में जवन रिश्ता के पाक आउ पवित्र मानल गईल बा ओकरा बदनाम भी करत बा।

Total view 1130

RELATED NEWS