Bindash News || ई का कर दिहले तनवीर
    

    
    

    
    

    
    
    






       
        
        
 


    

State

ई का कर दिहले तनवीर

Bindash News / 05-04-2021 / 1040


तीन लईका के माई के ले के होइले फ़रार


हम आशुतोष गढ़वा से

ई दिलवा बड़ा ज़ालिम बा,ई जब दीवार से लाग जाला त एकरा हुर भी ना सोहाये,तबे त उ तीन लईका के माई के ले के भाग गईले,मने फ़रार हो गईले,ई मामला गढ़वा के बा,जहवां लगातारे अईसन भागे पराए के मामला समनवा आवत बा,लेकिन ई त बड़ा ग़जबे नु बा,काहे की एक देन हऊ औरतिया तीन लईका के माई बा,त ओने जे ले के ओकरा के भगलन हउ तनवीर भी बीआहल बाड़े,लेकिन का करस दिल के आगे मजबूर हो गईले आउ तीन लईका के माई से दिल लगा लिहले,बहुत दिन लुका छुपा के मिलना जुलना चलत रहल,जवन बाद में अईसन परवान चढ़ल की ओकरा ले के भागिए गईले,अब ऐने हउ औरतिया के मरद आपन मेहर के खोज़ के हार गईले त पुलिस भीर पहुंचले आउ गोहार लगावत बाड़े की "नईखे कुछु सोहात,कईसे रहूं घर के भितरा,रहूं कईसे बहरी,ये हुजूर खोज़ दिहुँ हमार मेहरी।"

Total view 1040

RELATED NEWS